उत्साहित बाड़न साँवरिया

भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनन्द आ रानी चटर्जी के जोड़ी एह घरी भोजपुरी सिनेमा के हॉट केक बनल बा. दामिनी जइसन सुपर डुपर हिट फिल्म दिहला का बाद ई जोड़ी अब लउकी भोजपुरी फिल्म साँवरिया आई लव यू में.

शंभू पांडे प्रोडक्शन के एह फिल्म के निर्माण शंभू पांडे आ सी बी त्रिपाठी कइले बाड़े. निर्देशक बाड़े रामपाल सिंह. फिल्म में विनय आनन्द आ रानी चटर्जी के जोड़ी का साथ दीपक दूबे, गौरव घई, दिव्या द्विवेदी, नीरज भारद्वाज, रतन सिंह, अखिलेश शुक्ला, आ अली खान मुख्य भूमिका में बाड़न जा. मोहन दास के प्रस्तुति एह फिल्म के ले के विनय आनन्द आ दीपक दूबे दुनु जने बहुते खुश बाड़े काहे कि ओह लोग के भरोसा बा कि फिल्म सफलता के नया इतिहास रची.

फिल्म के गीत फणीन्द्र राव, प्यारे लाल, आ अरविंद तिवारी के लिखल ह. संगीत अमस श्लोक के बा. कोरियोग्राफी कइले बाड़ी ज्योति आनन्द. एक्शन गब्बर सिंह के बा.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..