उदयभान सिंह के शूटर गिरफ्तार

पूर्व विधायक उदयभान सिंह के शार्प शूटर खन्ना चौहान समेत छह गो बदमाशन के यूपी के आदमपुर पुलिस काल्हु बनारस के भदऊं पुल पर तब गिरफ्तार कर लिहलसि जब ऊ सब एगो बड़का गल्ला व्यवसायी के मुनीम के लूटे जात रहलें सँ. पुलिस के मुखबिर से पहिलही खबर मिल गइल रहे. मुगलसराय के एगो आभूषण व्यापारीओ के लूटे के प्लान रहे. गिरफ्तार बदमाशन में खन्ना चौहान, भेलुपुर के टिंकू नेपाली, भदोही के शिराज शेरू, अड़्दली बाजार के इमरान, चंदौली के मनोज यादव पिंटू, आ भदोही के एहसान अंसारी बाड़े सँ. खन्ना पूर्वांचल के कई गो जिला में एक दर्जन से बेसी अपराध में अपना शामिल होखे के बात सकार लिहले बा. अउरियो केस होखीहें सँ जवना में पुलिस ओकरा से शामिल रहे के बात सकरवा ली. खन्ना चौहान पर पाँच हजार रुपिया के इनामो घोषित रहे.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..