उधार ना चुकावे का चलते कर्जदार का घर में ताला लगा दिहलसि कर्जा देबे वाला

बेतिया के नौरंगाबाद मुहल्ले में उधार के पइसा ना चुका पावे वाला कर्जदार का घर पर कर्जा देबे वाला आदमी ताला मार दिहलसि. कर्जदार राघव प्रसाद दास एह बाबत नगर थाना में केस दर्ज करवले बाड़न. कहना बा कि पचास हजार के कर्जा में से इकइस हजार लवटा चुकल बाड़न आ बाकी चुकावे ला समय माँगत रहलन त मझौलिया थाना इलाका के रानीपकड़ी के शत्रुघ्न दास ओकरा घर पर ताला मार दिहले बाड़न.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।