उधार ना चुकावे का चलते कर्जदार का घर में ताला लगा दिहलसि कर्जा देबे वाला

बेतिया के नौरंगाबाद मुहल्ले में उधार के पइसा ना चुका पावे वाला कर्जदार का घर पर कर्जा देबे वाला आदमी ताला मार दिहलसि. कर्जदार राघव प्रसाद दास एह बाबत नगर थाना में केस दर्ज करवले बाड़न. कहना बा कि पचास हजार के कर्जा में से इकइस हजार लवटा चुकल बाड़न आ बाकी चुकावे ला समय माँगत रहलन त मझौलिया थाना इलाका के रानीपकड़ी के शत्रुघ्न दास ओकरा घर पर ताला मार दिहले बाड़न.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।