उनकर घर ह जब चाहे आ सकेली

भाजपा अध्यक्ष नितिन गडकरी कहले बाड़न कि उमा भारती जब चाहसु भाजपा में आ सकेली. उनका अइला पर कवनो रोक नइखे. बाकिर अबहीं ऊ अपना स्वास्थ्य समस्या का चलते नइखी आवत. पिछला कई महीना से उमा भ अइली, तब अइली के कयास लगावत जात रहल बा बाकिर अबही ले उमा नइखी लवटल. वइसे हालही में उमा भारती कहले रहली कि ऊ भाजपा में लवटे नइखी जात आ सब कुछ अफवाह बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..