उन्नाव बलात्कार काण्ड में भाजपा विधायक का खिलाफ मुकदमा दर्ज


लखनऊ 12 अप्रैल (वार्ता). मीडिया के हो हल्ला का बाद उत्तर प्रदेश के बहुचर्चित उन्नाव बलात्कार काण्ड में हर गोल में शामिल रहि चुकल बाकिर एह घरी सत्तारुढ़ भारतीय जनता पार्टी के विधायक कुलदीप सिंह सेंगर का खिलाफ मुकदमा दर्ज क लीहल गइल बा आ एह मामिला के जाँच सीबीआई के सउँपे के फैसला कइल गइल बा.
राज्य के गृह विभाग के प्रमुख सचिव अरविन्द कुमार आ पुलिस महानिदेशक ओपी सिंह एह बाति के जानकारी आजु संवाददातन के दिहलें. अरविन्द कुमार बतवलें कि विशेष जांच टीम के रिपोर्ट का आधार पर काल्हु राति अढ़ाई बजे उन्नाव के माखी थाना में विधायक का खिलाफ मुकदमा दर्ज क लीहल गइल.
ऊ साफ कइलन कि जबले सीबीआई एह मामिला के जांच शुरु नइखे करत तबले एसआईटी आपन विवेचना जारी राखी.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।