उन्नाव में बनी फिल्म सिटी : रवि किशन


जौनपुर 17 मार्च (वार्ता). भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार रवि किशन काल्हु राति जौनपुर के शाही किला में हो रहल तीन दिन के जौनपुर महोत्सव में शामिल भइलें. एह मौका पर कहलें कि उन्नाव में फिल्म सिटी बनावे के प्रस्ताव स्वीकार हो गइल बा. फिल्म सिटी बनला से प्रदेश में फिल्म उद्योग के बढ़ावा मिली.

रवि किशन कहलें कि – जौनपुर महोत्सव में शामिल होके बहुते खुशी मिलत बा. ई महोत्सव हमरा माटी पर हो रहल बा. आ हम अपना पूरा टीम ले के एहमें शामिल होखे आइल बानी. बतवलें कि जल्दिए बैरी कंगना समेत उनुकर एगारह गो फिलिम आवे वाली बाड़ी सँ.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..