उपचुनाव हारे के सिलसिला जारी रखलसि भाजपा


फूलपुर (इलाहाबाद) 14 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश में फूलपुर लोकसभा सीट के उपचुनाव में समाजवादी पार्टी (सपा) के नागेन्द्र प्रताप सिंह पटेल भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के कौशलेन्द्र पटेल के 59460 भोट से हरा के ई सीट जीत लिहलन. पिछला बेर एहिजा से केशव प्रसाद मौर्य जीतले रहलें आ यूपी के उप मुख्यमंत्री बनला का बाद एह सीट से इस्तीफा गे दिहले रहलें.

कांग्रेस के मनीष मिश्रा से अधिका भोट निर्दलीय चुनाव लड़ल बाहुबली अतीक अहमद के मिलल जे अबहीं जेल में बाड़न आ जेले से चुनावो लड़लन.
को 19353 मत प्राप्त हुए जबकि जेल में रहकर चुनाव लड़े निर्दलीय अतीक अहमद को 48094 वोट मिले।

कबो देश के पहिलका प्रधआनमंत्री रहल जवाहर लाल नेहरु के सीट फूलपुर से पिछला चुनाव अब उपमुख्यमंत्री बन गइल केशव प्रसाद मौर्य साल 2014 में 218308 भोट का भारी अंतर से जीतले रहलें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।