उपराष्ट्रपति चुन के यौगी आ मौर्य के इस्तीफा


काल्हु भइल उपराष्ट्रपति चुनाव का बाद यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आ उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य लोकसभा सांसदी से आपन इय्तीफा दे दिहलें. योगी गोरखपुर से आ केशव फुलपुर से सांसद चुनाइल रहले हँ.
एकरा साथही फुलपुर में भाजपा के अगिनपरीक्षा के संभावना बन गइल बा. सुने में आवत बा कि बसपा सुप्रीमो मायावती के एहिजा से विपक्षी गठजोड़ आपन उमीदवार बना के भाजपा के हरावे के भरपूर कोशिश करीहें. अलग बाति बा कि बिहार में महागठबन्हन के हाल देखला का बाद यूपी में ई महा बनि पावत बा कि ना.
भाजपा खातिर गोरखपुर आ फुलपुर के दुनो उपचुनाव जीतल इज्जत के सवाल बन गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..