उल्टा चोर कोतवाल के डाँटे

नयी दिल्ली, 13 मार्च.. पिछला सात दिन से बवाल काटत संसद के कार्यवाही ना चले देबे वाला विपक्षी गोल में शामिल कांग्रेस के कहना बा कि सरकारे नइखे चाहत कि संसद चलो आ ऊ एगो साजीश का तहत संसद में चर्चा करावे से भागत बिया आ विपक्ष के मौका दिहले बिना सदन के कार्यवाही स्थगित कइल जा रहल बा.
लोकसभा में कांग्रेस गोल के नेता मल्लिकार्जुन खड़गे आजु आरोप लगवलन कि सरकारे संसद के कार्यवाही जानत बूझत नइखे चले देत. विपक्ष के हंगामा के बहाना लेके रोज कार्यवाही स्थगित कइल जा रहल बा. बजट सत्र के दूसरका चरण में देखल जात बा कि जइसहीं लोकसभा के कार्यवाही शुरु होखत बा आ विपक्षी सदस्य आपन आवाज उठावत बाड़ें तइसहीं सदन की कार्यवाही तुरते रोक दीहल जा रहल बा.
खडगे एकरा के साजिश करार देत आरोप लगवलन कि सरकार विपक्ष के आपन बाति कहे के मौका नइखे दीहल चाहत. आ संसद के बाहर विपक्ष के बदनाम कइल जा रहल बा कि ऊ सदन चले नइखे देत.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।