उल्टा चोर कोतवाल के डाँटे

नयी दिल्ली, 13 मार्च.. पिछला सात दिन से बवाल काटत संसद के कार्यवाही ना चले देबे वाला विपक्षी गोल में शामिल कांग्रेस के कहना बा कि सरकारे नइखे चाहत कि संसद चलो आ ऊ एगो साजीश का तहत संसद में चर्चा करावे से भागत बिया आ विपक्ष के मौका दिहले बिना सदन के कार्यवाही स्थगित कइल जा रहल बा.
लोकसभा में कांग्रेस गोल के नेता मल्लिकार्जुन खड़गे आजु आरोप लगवलन कि सरकारे संसद के कार्यवाही जानत बूझत नइखे चले देत. विपक्ष के हंगामा के बहाना लेके रोज कार्यवाही स्थगित कइल जा रहल बा. बजट सत्र के दूसरका चरण में देखल जात बा कि जइसहीं लोकसभा के कार्यवाही शुरु होखत बा आ विपक्षी सदस्य आपन आवाज उठावत बाड़ें तइसहीं सदन की कार्यवाही तुरते रोक दीहल जा रहल बा.
खडगे एकरा के साजिश करार देत आरोप लगवलन कि सरकार विपक्ष के आपन बाति कहे के मौका नइखे दीहल चाहत. आ संसद के बाहर विपक्ष के बदनाम कइल जा रहल बा कि ऊ सदन चले नइखे देत.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..