उज़ैर खान के राखी बन्हली राखी सावंत

UzairKhanअनेके टीवी धारावाहिकन में काम क चुकल उज़ैर खान के फ़िल्मी दुनिया में ब्रेक दिहले रही राखी सावंत. राखी सावंत उजैर के आपन बनावल फिलिम ‘कट्टा तनल दुपट्टा’ में रोल दिहले रही. फिलिम में हमेशा शायरी करत उजैर लोग के दिलो दिमाग में जगह बना लिहलन.

जान जाईं कि राखी उज़ैर के अपना भाई जस मानेली. उत्तर प्रदेश के आज़मगढ़ से आइल उज़ैर कुछ अउरी फिलिमन मेंं काम क चुकल बाड़न जइसे कि ‘गजरा मोहब्बत वाला’ उनकर पहिला फिलिम रहे आ ‘खून भरी मांग’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. उजैर अनेके भोजपुरी एल्बम कइले बाड़न आ प्रतीक बब्बर आ पाओली डेम के मुख्य भूमिका वाली एगो बंगला फिलिमो करत बाड़न.

तकरीबन तीन साल से फिलिमन से जुड़ल उज़ैर के चाहना बा कि अपना गाँव के नाम रोशन करसु. उजैर राखी सावंत के आपन बहिन मानेले. कहले कि ‘राखी सावंत जइसन बहिन पाके बहुते खुश बानी. राखी बहुते दयालु इंसान हई आ हमेशा लोग के मदद करत रहेली. हमरो के अपन फिलिम में ब्रेक दिहली. हम हमेशा प्रार्थना करीले कि राखी हमेशा खुश रहसु आ लोग के मदद करत रहसु.’


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..