उज़ैर खान के राखी बन्हली राखी सावंत

UzairKhanअनेके टीवी धारावाहिकन में काम क चुकल उज़ैर खान के फ़िल्मी दुनिया में ब्रेक दिहले रही राखी सावंत. राखी सावंत उजैर के आपन बनावल फिलिम ‘कट्टा तनल दुपट्टा’ में रोल दिहले रही. फिलिम में हमेशा शायरी करत उजैर लोग के दिलो दिमाग में जगह बना लिहलन.

जान जाईं कि राखी उज़ैर के अपना भाई जस मानेली. उत्तर प्रदेश के आज़मगढ़ से आइल उज़ैर कुछ अउरी फिलिमन मेंं काम क चुकल बाड़न जइसे कि ‘गजरा मोहब्बत वाला’ उनकर पहिला फिलिम रहे आ ‘खून भरी मांग’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. उजैर अनेके भोजपुरी एल्बम कइले बाड़न आ प्रतीक बब्बर आ पाओली डेम के मुख्य भूमिका वाली एगो बंगला फिलिमो करत बाड़न.

तकरीबन तीन साल से फिलिमन से जुड़ल उज़ैर के चाहना बा कि अपना गाँव के नाम रोशन करसु. उजैर राखी सावंत के आपन बहिन मानेले. कहले कि ‘राखी सावंत जइसन बहिन पाके बहुते खुश बानी. राखी बहुते दयालु इंसान हई आ हमेशा लोग के मदद करत रहेली. हमरो के अपन फिलिम में ब्रेक दिहली. हम हमेशा प्रार्थना करीले कि राखी हमेशा खुश रहसु आ लोग के मदद करत रहसु.’


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।