एकता परिषद के बइठक में शिवराज सिंह छोड़ कवनो भाजपा मुख्यमंत्री ना अइलें

एकता परिषद के बइठक में शिवराज सिंह छोड़ कवनो भाजपा मुख्यमंत्री ना अइलें. बाकिर लालकृष्ण आडवाणी, सुषमा स्वराज आ अरुण जेटली बइठक में शामिल भइलें.

पिछला दिने मुजफ्फरनगर में भइल दंगा का रोशनी में ई बईठक बहुत महत्व वाला रहुवे.

शामिल ना होखला के कवनो कारणो नइखे बतवले लोग भाजपा के मुख्यमंत्री, वइसे तमिलनाडु के मुख्यमंत्री जयललितो शामिल ना भइली आ आंध्र के मुख्यमंत्री रहल तेलुगू देशम के चन्द्र बाबू नायडू तब बइठक छोड़ के निकल गइलें जब उनुका के तेलंगाना मुद्दा पर बोले ना दिहल गइल.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।