एकरे के कहल जाला असल रंगबाज़ी

HyderKazmi
भोजपुरी सिनेमा जगत में ‘रियल रंगबाज़’ का नाम से मशहूर हैदर काज़मी हमेशा आपन रंगबाजी देखावत आइल बाड़न. साल में एके दू गो फिलिम आवेला हैदर के बाकिर जब आवेला त हैदर के रंगबाजी देखे जोग होला.

दोसर बड़का स्टार लोग बिहार में अपना फिलिम के प्रमोशन में ना जालें बाकिर हैदर काज़मी रिलीज होखे के बहुत पहिलही से रोड शो, दर्शकन से रुबरु होखल, सिनेमा हालन में जाके सबका से मिले वगैरह के काम में लाग जालें. सिनेमा ला लगाव हैदर में ठूंस ठूंस के भरल बा.

अपना पहिले फिलिम ‘रंगबाज़’ से हैदर काज़मी ‘रियल रंगबाज़’ के नाम से मशहूर हो गइलन आ देखेवालन के पसंदीदा कलाकार बन गइलन. हैदर काज़मी के ‘रंगबाजी’ देखेवालन के हमेशा नीक लागल बा आ दर्शक तिकवत रहेलें हैदर के देखे ला.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।