एके परिवार के पांच बेकत जहर खा लिहल एक जने के मौत

गोपालगंज जिला के थावे बाजार मे बियफे देर रात पारिवारिक कलह कलह का चलते एके परिवार के पाँच बेकत जहर खा लिहले जवना से एक जने के मौत हो गइल आ बाकी चार जने के अस्पताल में भरती करावल बा.
पुलिस के कहना बा कि विजयीपुर इलाका के मछुआहा गांव के राजेश पडि़त परिवार संगे थावे बाजार मे रह के बिजनेस करत रहे. काल्हु देर रात पारिवारिक कलह का चलते अपना पत्नी आ बचवन का साथे राजेश सल्फास के गोली खा लिहलसि. एह जहर से राजेश पंडित के मौके पर मौत हो गइल आ पत्नी कुसुम देवी, बेटा संदीप, अमरजीत, आ रविन्द्र के सदर अस्पताल मे भर्ती करावल गइल बा.
कुसुम देवी के बयान पर थाना मे एगो मामिला दर्ज भइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।