एक्टर से बने चलली रिपोर्टर..

मीडिया वाले भलही अपना रिपोर्टिंग प्रोफेशन से उकताइल लउकस बाकिर अभिनेत्रियन में रिपोर्टर बने क क्रेज़ बदस्तूर कायम बा. एह कड़ी में नया नाम जुड़ल बा राखी त्रिपाठी के जे अपना अगिला फिलिम “विध्वंस” में एगो तेज़ तर्रार पत्रकार के किरदार में नज़र अइहें. “अचल रहे सुहाग”, “सजना के अंगना में सोलह श्रृंगार”, “धूम मचाईले राजाजी” अउर “जीजाजी की जय हो” जइसन फिलिमन से सुर्खियन में आइल राखी त्रिपाठी रिपोर्टर के एह किरदार के निभावे खातिर बाकायदा एगो न्यूज़ चैनल में बतौर इंटर्न ट्रेनिंग लेबे के योजना बनवले बाड़ी.

निठारी हत्याकांड पर आधारित फिल्म “विध्वंस” के निर्देशक अशोक गोस्वामी क मुताबिक मीडिया रिपोर्टिंग के बारीकी समुझे खातिर, एह पेशा क मुश्किल समुझले बिना एह किरदार से न्याय ना कइल जा सके. एहसे राखी उनुका सलाह पर अमल करे के फैसला कइले बाड़ी. देखल जाई कि जब ई ग्लैमरस रिपोर्टर परदा पर उतरीहें त कवन नया गुल खिलइहें ?


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।