एक्शन रोमांस से भरल फिल्म ‘बजरंग’

भोजपुरी की सुपर डुपर हिट फिल्म ‘गईल भईंसियां पानी में’ आ ‘पायल’ का बाद निर्माता जीतेन्द्र प्रताप सिंह के नइकी फिल्म ‘बजरंग’ भोजपुरी वर्ल्ड में चरचा के विषय बा. कहल जात बा कि जबरदस्त एक्शन से भरल ‘बजरंग’ सफलता के जबरदस्त हंगामा मचाई. एकर प्रदर्शन जल्दिये बिहार समेत पूरा देश में होखे जात बा.

फिल्म के कलाकारन में भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह आ अक्षरा सिंह के मुख्य जोड़ी का अलावे संजय पांडे, जय सिंह, उमेश सिंह, रमेश दुबे, सीमा सिंह, वैभव राय आ मास्टर वरुण सिंह के खास भूमिका बा. निर्देशक हउवन नंद किशोर महतो. गुरुजी फिल्म्स इंटरनेशनल के बैनर तले बनल एह फिल्म के शूटिंग उत्तर प्रदेश आ बिहार के वास्तविक लोकेशनन पर भइल बा. निर्माता जितेन्द्र प्रताप सिंह के कहना बा कि ‘बजरंग’ में एक्शन का साथेसाथ रोमांस आ कॉमेडी के भरपूर मसाला बा. निर्देशक नंद किशोर महतो के कहना बा कि निर्माता दिल खोल के खरचा कइले बाड़े एह फिल्म पर. एह निर्देशक आ निर्माता जोड़ी के ई तिसरका फिलिम हवे. गीत जहांगीर आरजू, मुन्ना दुबे आ विनोद पासवान के लिखल, संगीत ओम झा के रचल आ कहानी संतोष मिश्रा के लिखल हवे.लोग के कहना बा कि ई एगो ब्लाक बस्टर फिल्म होखी.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..