एक्शन से भरपूर ‘भाई जी’

ए स्क्वायर प्रोडक्शन के बैनर तले बनl भोजपुरी फिल्म ‘भाई जी’ मई में सभतर रिलीज होखे वाली बा. एकर निर्माता हउवें विशाल तिवारी आ सत्या दुबे अउर निर्देशक हउवें विशाल तिवारी. ‘भाई जी’ पूरा तरह से मसाला फिलिम ह जवना में एक्शन रोमांस आ कॉमेडी तीनो मौजूद बा. बाकिर एकर असल यूएसपी बावे एकर एक्शन, विराज भट्ट के एक्शन. उनुका कमाल के एक्शन के अबहिये से तारीफ होखे लागल बा.

फिल्म के माथ भूमिका ‘भाई जी’ नाम के डॉन के बा जवन विराज भट्ट कइले बाड़न. उनुका साथे एह फिलिम में तनुश्री चटर्जी, शिखा, दीपक भाटिया, बृजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, बिपिन सिंह, अभिलाषा, पायल सेठ, विजय तिवारी आ आइटम गर्ल सीमा सिंह अउर पुर्निला राय चौधरी बाड़ी. लेखक मनोज के. कुशवाहा, गीत-संगीतकार श्याम देहाती, नृत्यनिर्देशक कानू मुखर्जी आ संजय के.के., एक्शन मास्टर हीरा यादव, कला निदेशक अवधेश राय, कैमरामैन देवेन्द्र तिवारी, संकलनकर्ता मंसूर आज़मी आ सह-निर्देशक धनंजय तिवारी.

पहिले एकर नाम राखल रहे ‘क ख ग’जवना के बदल के अब ‘भाई जी’ कर दिहल बा.


(समरजीत के रपट )

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..