एक क्वींटल गांजा संगे एगो तस्कर गिरफतार

काल्हु गोपालगंज के नगर थाना इलाका के एकडेरवा गांव से एक क्वींटल गांजा संगे एगो तस्कर के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. तस्कर संजय यादव गाँव के एगो ठिकाना पर गाँजा लुका के रखले रहुवे. पुलिस के खुफिया जानकारी मिलला का बाद छापा पड़ल.

बरामद गाँजा नेपाल से ले आइल गइल रहे आ कहीं अउर भेजाए के रहे. एकर दाम कई लाख रुपिया बतावल जात बा. गिरफ्तार तस्कर से अउरी जानकारी बिटोरल जात बा.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।