एक त बाँड़ अपने गइलन, नौ हाथ के पगहो ले गइलन

आजु सोमार का दिने छपरा-सोनपुर रेलखंड के डुमरी जुआरा बुजुर्ग हाल्ट का नियरा एगो नवही के ट्रेन से कटा के मौत हो गइल. आ ओकरा के बचावे का फेर में एगो मेहरारुओ कटा गइल.

बतावल जात बा कि डुमरी जुअरा स्टेशन से पूरब कोठेया गांव का लगे सबेरे नौ बजे का लगभीर एगो नवही मोबाइल पर हेडफोन लगा के गाना सुनत रेल लाइन पार करत रहुवे. ओही घरी पाछा से डीएमयू ट्रेन आवत देख एगो मेहरारू दउड़ के ओकरा के बचावे के कोशिश कइलसि बाकिर बचावे का फेर में अहनो जान दे दिहलसि.

मरे वाली मेहरारू के पहिचान कोठेया गांव के शोभनाथ राय के बेटी विजांती देवी के रूप में भइल बा बाकिर ओह नवही के पहिचान नइखे भइल. अवतारनगर पुलिस दुनू लाश के थाना ले गइल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।