‘एक दूजे के लिए’ फिल्म से दक्खिन के सायरन मधु शर्मा सिनेमा भोजपुरी में अइली

दक्खिन के मशहूर अभिनेत्री मधु शर्मा अब भोजपुरी के प्रसिद्ध निर्माता अभय सिन्हा आ टी. पी. अग्रवाल के बनावल अउर अनिल अजिताभ निर्देशित भोजपुरी फिल्म ‘‘एक दूजे के लिए’’ से भोजपुरी पर्दे पर धमाल मचावे आइल बाड़ी. यशी फिल्मस प्रा. लि. आ कैपिटल फिल्मस प्रा. लि. के बैनर तले बनत एह फिल्म में मधु शर्मा दू गो बड़का भोजपुरी स्टारन, दिनेश लाल यादव निरहुआ आ पवन सिंह, का साथ प्यार करत लउकीहें. एह फिल्म में मधु के लुक बहुते ग्लैमरस बा.

एहसे पहिले मधु शर्मा दर्जन भर दक्खिनी फिलिमन में काम कर चुकल बाड़ी. ‘एक दूजे के लिए’ फिलम का बारे में मधु शर्मा के कहना बा कि एह फिल्म में काम करके उनुका बहुते मजा आइल आ मानत बाड़ी कि देखहूवालन के ओतने मजा आई.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।