एक बेर फेरू कल्पना के सुरीला आवाज़ के जादू

Kalpanaनील कमल फिल्म एंटरटेनमेंट के फिलिम ‘हमके दारु नाही मेहरारू चाही’ में बहुते बढ़िया संगीत दिहल गइल बा. आ अनेके भोजपुरी आ हिदी फिलिमन में अपना आवाज के जाद चला चुकल कल्पना एक बेर फेरू एह फिलिम मे गाना गवले बाड़ी.

ई गाना फिलिम के नायिका रानी चटर्जी पर फिलिमावल जाई. फिलिम के कुल एगारह गाना के संगीत राजेन्द्र राज दिहले बाड़न.

शूटिंग बहुत जल्दिए मुंबई आ अउरिओ बढ़िया लोकशन पर करावल जाई.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।