एक रात के कहानी – बागी

अमूमन भोजपुरी फिल्म निर्माता निर्देशक लीक से हटके फिल्म बनावे पर भरोसा ना करसु, उनुका त बस लटका झटका चाहीं. बाकिर वइसनका फिल्मकारन के जवाब दे रहल बाड़न लेखक निर्देशक ए.आर.सरकार. बस एक रात के एगो अनूठी कहानी के भोजपुरिया परदा पर पेश करे के फैसला लिहले बाड़न ए आर सरकार.

“बागी” नाम के एह फिल्म में बागी बनल बाड़न अजय दीक्षित जिनका के उनुकर पहिलके फिल्म “बेटवा बाहुबली” खातिर “सर्वश्रेष्ठ नवोदित अभिनेता” के पुरस्कार से सम्मानित कइल रहे. अजय दीक्षित के साथ दे रहल बाड़ी गुंजन कपूर. डी आर जे एन फिफ्टी सिस प्रोडक्शन आ ए जे एम फिल्म्स एंड स्कूल डिविजन का बैनर तले अशोक जैन द्वारा प्रस्तुत “बागी” के निर्माता ए.आर.सरकार, शकील खान आ मंसूर आज़मी हउवें. ए आर सरकार बतवलें कि “बागी” आम भोजपुरिया फिल्मन से कई मायना में अलग बा काहे कि एक रात के कहानी वाली एह फिल्म में समूचा घटना क्रम के मोती के माला का तरह गूंथल गइल बा. दोसरे गाना कहानी का आधार पर चुनल गइल बा.

पिछला दिने एह फिल्म के संगीतमय शुरुवात संगीतकार राज इन्दर राज के संगीत पर गवावल एगो गाना के रिकार्डिंग कर के करावल गइल शुरु कर दिहल जाई.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।