'एक लैला तीन छैला' के दुश्मन – बालेश्वर सिंह

बिहार आ मुंबई में सफल रहल फिल्म ‘कालिया’ में अपना दमदार खल भूमिका से एक बेर फेरू चरचा में आइल बालेश्वर सिंह अब आर एम फिल्म्स के बैनर में बनत फिल्म ‘एक लैला तीन छैला’ में बतौर खलनायक नज़र अइहें. एकर निर्माता मुकेश सोनी, निर्देशक शाद कुमार आ सह निर्देशक अतिन दूबे हउवें. एह फिलिम में बालेश्वर सिंह फेर से संजय पाण्डेय के बेटा बनल बाड़न आ अपना लैला रानी चटर्जी के आपन जोरू बनावे क मंसूबा से दरिंदगी के हद पार कइला से बाज नइखन आवत.

जान लीं जे हैदर काज़मी अभिनीत आ शिवराम यादव निर्देशित फिल्म ‘कालिया’ में बालेश्वर सिंह के अभिनय के खूब तारीफ भइल बा. ई फिलिम अबहियो बिहार के अनेके सिनेमाघरन में चलत बिया. बालेश्वर सिंह के आवे वाली फिलिमन में चुन्नू बाबू सिंगापुरी, यादवजी, हम मस्ताने, तिलक तराजू और तलवार, गरदा उड़ा देब, अउर लाडली के नाम बा.


(आपन न्यूज)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *