’एक लैला तीन छैला’ धर्मेश मिश्रा आ बालेश्वर सिंह

’एक लैला तीन छैला’ के एगो छैला धर्मेश मिश्रा
DharmeshMishra
भोजपुरी सिनेमा स्टार धर्मेश मिश्रा जल्दिए रिलीज होखे वाली फिलिम ’एक लैला तीन छैला’ मे रानी चटर्जी संगे एगो रोमांटिक गाना में नजर अइहें.

आर. एम. फिल्म्स प्रा.लि. के बैनर के एह फिलिम के निर्माता मल्लाह के बेटा मुकेश साहनी के कहना बा कि एह फिलिम के हर देखेवाला के टिकट का संगे एगो इनामी कूपनो दिहल जाई जवना के लकी ड्रा में पहिला विजेता के कार आ दुसरका के मोटर साइकिल दिहल जाई. एकरा अलावहू बहुते पुरस्कार राखल गइल बा.

शाद कुमार निर्देशित एह फिलिम में रानी चटर्जी, अरविन्द अकेला ’कल्लू’, राकेश मिश्रा, धर्मेश मिश्रा, राजू श्रेष्ठा, के के गोस्वामी, सी पी भट्ट, अनूप अरोरा, रिन्कू घोष, पुष्पा वर्मा, मेहनाज शर्राफ, बालगोविन्द बंजारा, साहिल शेख, सीमा सिंह, बालेश्वर सिंह अउर संजय पाण्डेय के मुख्य भूमिका बा.


खून बहे चाहे…खून के नदी, अंजली सिरिफ बालेश्वरे सिंंह के
BaleshwarSingh
भोजपुरी सिनेमा जगत के खल अभिनेता बालेश्वर सिंह लैला के प्यार का खुमार में अइसन दिवान हो गइल बाड़न कि कहत चलत बाड़न कि अब ‘खून के खून बहे चाहे…खून के नदी, अंजली सिरिफ हमरे होखे के चाहीं’.

‘एक लैला तीन छैला’ फिलिम के नायिका अंजली का प्यार मे आन्हर भइल बालेश्वर सिंह के दुष्टई देखले बनी एह फिलिम में.

पहिले बतावल जात रहे कि ‘एक लैला तीन छैला’ 29 अगस्त से बिहार आ झारखण्ड मे रिलीज होखी बाकिर अब तारीख आगा बढ़ा दिहल गइल बा.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।