एगारह हजार वोल्ट के तार गिरल, एक आदमी मरल चार आदमी घवाहिल

वाराणसी के मिर्जामुराद इलाका के नागेपुर गांव में आजु शुक का दिने 11 हजार वोल्ट के बिजली के तार टूट के गिर गइल जवना से एक आदमी के मौत हो गइल आ चार जने गम्हीराहे झँउस गइले.
पुलिस बतावत बिया कि पचीस साल के राजकुमार पटेल अपना घर मे बइठल टीवी देखत रहले. तले टीवी से धुआं निकलत देख बन्द करे गइल आ ओही से सट के रह गइल. ओकर मौत ओहिजे हो गइल.
एह बीच चार जने अउर झँउस गंइले ओह करेण्ट से आ कई एक घर में राखल बिजली के सामान जर के राख हो गइल.
घवाहिलन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..