एगो अउरी कार्पोरेट कंपनी आइल भोजपुरी फिल्म निर्माण में

स्पेन्ड मीडिया एण्ड इन्टरटेनमेंट नाम के एगो बहुचर्चित विज्ञापन कंपनी अब भोजपुरी फिल्म निर्माण के क्षेत्र में आइल बा. कंपनी के पहिलका फिल्म होखी “प्रीत के रीत निभइह सजना” जवना के निर्देशन के जिम्मेदारी अभिषेक तिवारी के दिहल गइल बा. फिल्म के निर्माता अरविन्द पाण्डे के मानना बा कि भोजपुरी फिल्म अपना सफलता के परचम हिन्दुस्ताने ना, पूरा दुनिया में लहरावत बाड़ी स. एहसे उनकरो कंपनी एह क्षेत्र में शामिल होखे के फैसला लिहलसि ताकि भोजपुरी कला संस्कृति के प्रचार प्रसार में उहो आपन योगदान दे सके. अबही जवन फिल्म बनत बाड़ी सँ ओहमें भोजपुरी समाज आ संस्कृति के सही भा पूरा चित्रण नइखे हो पावत. काहे कि अधिकतर निर्माता निर्देशक गैर भोजपुरी क्षेत्र के बाड़े जिनका भोजपुरी के सही जानकारी नइखे. अरविन्द ठाकुर बतवलें कि फिल्म के शूटिंग एही महीना के आखिरी हफ्ता से बिहार आ उत्तरप्रदेश में शुरु होखे जा रहल बा. फिल्म के कलाकारन में सूरज तिवारी, अरविन्द, सुपर्णा सिंह, विपिन सिंह, नीलिमा सिंह, विनोद मिश्रा वगैरह लोग शामिल बाड़े. कैमरा प्रेमानन्द सम्हरिहें जे एहसे पहिले मनोज बाजपेयी अभिनीत “जुगाड़” फिल्म के फिल्मांकन कइले रहलें. सुनील गुप्ता सह निर्देशक आ अभिषेक वर्मा कार्यकारी निर्माता बाड़े.


(स्रोत – रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।