एगो अउरी निर्विरोध चुनाव के तइयारी

बड़ बड़ जने दहाइल जासु गदहा पूछे कतना पानी! कन्नौज लोकसभा उपचुनाव में डिम्पल का खिलाफ खड़ा दुनु उम्मीदवार आपन नाम वापिस ले लिहलें आ डिम्पल यादव एगो इतिहास रच दिहली संसद ला निर्विरोध चुना के. अब आधिकारिक घोषणा होखल बाकी बा.

एही तरह राज्यसभा सांसद बृजभूषण तिवारी का निधन से खाली भइल सीट पर होखे वाला उप चुनाव में सामजवादी पार्टी उनुका बेटा आलोक कुमार तिवारी के उम्मीदवार बनवले बिया. चूंकि राज्यसभा चुनाव के वोट पहिले से गिनल जा सकेला से सपा उम्मीदवार एह चुनाव के आराम से जीत जइहें. एह चलते एहू उपचुनाव में दोसरा कवनो उम्मीदवार के परचा दाखिला के कवनो संभावना नइखे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।