एगो अलगे अन्दाज में पाखी

भोजपुरिया सुपरएक्ट्रेस पाखी हेगडे एह साल के सबसे चर्चित भोजपुरी फिल्म होखे जा रहल दाग में एगो अलगे अन्दाज में सामने आवे जा रहल बाड़ी जवन निमनो लागी आ अचकाचियो दीहि. एह फिल्म के हर केहू बेसब्री से इन्तजार करे में लागल बा.

दाग में पाखी हेगडे दोहरी भूमिका में बाड़ी. एक रुप भारतीय संस्कार वाली घरेलू महिला के बा त दोसरी आधुनिक बाला के जवना के संस्कार के बेड़ी पसन्द नइखे. खिलौना जइसन एह गुड़िया के देख के हर केहू के मन करी ओकरा से खेले के. निर्माता रामाकांत प्रसाद एकरा के निर्देशितो कर रहल बाड़न. फिल्म के हीरो बाड़े भोजपुरी किंग स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ.

पाखी कहत बाड़ी कि उनकर दूनो रुप देख के दर्शक उनका अभिनय के कायल हो जइहें. अलग अलग शेड वाला ई दुनु किरदार दर्शकन के पसन्द आई अतना विश्वास बा पाखी के.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।