एगो फौजी का भूमिका में राजीव दिनकर

भोजपुरी सिनेमा के चहेता स्टार राजीव दिनकर भोजपुरी फिल्म “केहू हमसे जीत ना पाई” में एगो फौजी के किरदार में बाड़े. डा॰ वजाहत करीम दंपत्ति के निर्माण आ एम आई राज के निर्देशन में बनत एह फिल्म में सुपर स्टार रवि किशन, सुशील सिंह आ रिंकू घोष का साथे राजीवो दिनकर एगो चुनौती वाली भूमिका में बाड़े. बकौल राजीव दिनकर फौजी के भूमिका उनकर ड्रीम किरदार हवे आ देशभक्ति का थीम पर बनत एह मल्टी स्टारर फिल्म में आपन जलवा देखावे खातिर ऊ पूरा उत्साह में बाड़न.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..