एटीएम से रुपिया उडावे वाला जालसाज गिरफ्तार

गोण्डा जिला मे खोडारे थाना के पुलिस एटीएम से रुपया निकाले वाला एगो जालसाज के गिरफ्तार क के काल्हु जेल भेज दिहलसि.
जालसाज का लगे से एटीएम से निकालल 18 हजार रुपिया आ पांच गो फर्जी एटीएम कार्ड बरामद भइल. पुलिस बतावत बिया कि बभनाल कस्बा के बैक मे लागल एटीएम मशीन से बालकृष्ण नामक खाताधारक रुपिया निकाले गइल रहे तबहिए जालसाज दुर्गेश ओकरा के चकमा देके ओकर एटीएम कार्ड बदल दिहलसि आ खुचे ओकरा खाता से 18 हजार रुपया निकाल लिहलसि.
खाताधारक के सूचना पर पुलिस जालसाज दुर्गेश के गिरफतार कर लिहलसि. ओकरा पर फैजाबाद आ बस्ती जिला के अनेके थाना मे गैगस्टर आ लूट के मुकदमो दर्ज बा.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।