एबीपी नेल्सन के सर्वे में राजग के फायदा मिलत लउकत

पिछला दिने एबीपी नेल्सन के सर्वे के परिणाम एबीपी न्यूज में देखावल गइल जवना में बतावल जात बा कि राजग के २०६ सीट मिल सकेला अगिला लोकसभा चुनाव में. संप्रग के हर जगह नुकसान मिलत देखावल गइल बा आ सबले अधिका फायदा इलाकाई गोलन के मिलत लउकत बा. बिहार का मामिला में सबले मजेदार परिणाम निकलल बा कि अगर जदयू भाजपा गठबन्हन टूटल त दुनु पार्टी के नुकसान होखी आ नीतीश के सपना जरूर टूट जाई. काहे कि अगिला लोकसभा में अधिका से अधिका सीट जीत के आवे खातिर उनका भाजपा से गठबन्हन बनवले राखे के पड़ी.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।