एम्स के निजीकरण का खिलाफ जदयू के चेतावनी

जनता दल यू आजु केन्द्र सरकार के चेतवलसि कि ऊ एम्स के निजीकरण करे का कोशिश से बाज आवे ना त जदयू आन्दोलन करी. एम्स के प्राइवेट वार्ड के फीस बढ़ा दिहल गइल बा. सरकार के कहना बा कि एहू से मिलल धन के इस्तेमाल आम आदमी के स्वास्थ्य सेवा देबे में कइल जाई. सरकार के कहना बा कि जनरल वार्ड के फीस में कवनो बदलाव नइखे होखे वाला. बाकिर जदयू के अनेसा बा कि सरकार के नीयत साफ नइखे आ एही चलते एम्स के बारे में वेलिथियन कमिटी के रपट के अबले रद्द नइखे कइल गइल आ सरकार हाथ घुमा के नाक पकड़े का कोशिश में लागल बिया.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।