एही साल शुरु हो जाई छपरा के इंजीनियरिंग कॉलेज

बिहार के विज्ञान आ प्रावैधिकी मंत्री गौतम सिंह का अनुसार छपरा के जय प्रकाश विश्वविद्यालय के अंगीभूत महाविद्यालय का रुप में लोकनायक जयप्रकाश टेक्नालाजी इंस्टीच्यूट एही साल से काम करल शुरु कर दी. सत्र २०११ १२ से एह महाविद्यालय में २४० विद्यार्थियन के नाम लिखल जाई. अबही चार गो पाठ्यक्रम शुरु हो रहल बा, इलेक्ट्रिकल एण्ड इलेक्ट्रानिक्स इंजीनियरिंग, कम्प्यूटर साइंस, मेकानिकल इंजीनियरिंग, आ सिविल इंजिनियरिंग. हर पाठ्यक्रम में ६० गो सीट रही. एह महाविद्यालय खातिर ६४ गो शिक्षक आ ८२ गो गैर शिक्षक कर्मचारियन के भरती के प्रक्रिया शुरु हो गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।