एही साल शुरु हो जाई छपरा के इंजीनियरिंग कॉलेज

बिहार के विज्ञान आ प्रावैधिकी मंत्री गौतम सिंह का अनुसार छपरा के जय प्रकाश विश्वविद्यालय के अंगीभूत महाविद्यालय का रुप में लोकनायक जयप्रकाश टेक्नालाजी इंस्टीच्यूट एही साल से काम करल शुरु कर दी. सत्र २०११ १२ से एह महाविद्यालय में २४० विद्यार्थियन के नाम लिखल जाई. अबही चार गो पाठ्यक्रम शुरु हो रहल बा, इलेक्ट्रिकल एण्ड इलेक्ट्रानिक्स इंजीनियरिंग, कम्प्यूटर साइंस, मेकानिकल इंजीनियरिंग, आ सिविल इंजिनियरिंग. हर पाठ्यक्रम में ६० गो सीट रही. एह महाविद्यालय खातिर ६४ गो शिक्षक आ ८२ गो गैर शिक्षक कर्मचारियन के भरती के प्रक्रिया शुरु हो गइल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..