आज के करण अर्जुन के धूम

भोजपुरी के किंग स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ आ नवोदित सितारा प्रवेशलाल के शानदार अदायगी से सजल मल्टीस्टारर भोजपुरी फिल्म आज के करण अर्जुन बिहार झारखण्ड का सिनेमाहालन में धूम मचवले बा. पिछला शुक के ४५ गो सिनेमाघरन में एक साथ रिलीज भइल. एह फिलिम के ओपनिंग भोजपुरी सिनेमा का इतिहास में एगो नया पन्ना जोड़ दिहलसि. जइसन संकेत मिल रहल बा पहिलके हफ्ते एकर नेट बिजनेस ५० लाख से बेसी के हो जाई.

जवना शहर में एक शो में ती हजार बिटोरल मुश्किल रहत रहुवे ओहिजा सात से नौ हजार के कलेक्शण हो रहल बा. मोतिहारी के पायल, रक्सौल के सोना, हाजीपुर केनेशनल, छपरा के शिल्पी आ पंकज, घोड़ासहन के अम्बिका, बेतिया के उर्वशी, सिवान के कृष्णा में अधीकतम संभव कलेक्शन हो रहल बा त आरा के सपना, पटना के एलफिन्स्टन, बक्सर के कृष्णा, डेहरी के त्रिमूर्ति वगैरह में रिकार्ड कलेक्शन हो रहल बा.

एह फिल्म के अभय सिन्हा आ टीपी अग्रवाल बनवले बाड़े आ हैरी फर्नाण्डिज के निर्देशन में दिनेश लाल यादव निरहुआ, पाखी हेगडे, प्रवेश लाल यादव, कृशा, आ टीनू वर्मा के खास किरदार बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।