एह साल धमाल मचावे के तइयारी में बाड़ी स्मृति सिन्हा

smriti-sinhaनयका साल २०१३ में स्मृति सिन्हा सिनेमा भोजपुरी का परदा पर धमाल मचावे के तइयारी में बाड़ी. पिछला साल आपन रिलीज फिलिमन, ‘‘साजन चले ससुराल, देवरा पे मनवा डोले, सौगंध गंगा मईया के, आ अंतिम तांडव’’ से चर्चा में आइल स्मृति सिन्हा साल 2013 में ‘‘दूध का कर्ज’’, ‘‘लाल दुपट्टा मलमल का’’, ‘‘प्यार झूकता नहीं’’, ‘‘प्रतिज्ञा 2’’, अउर ‘‘लाडली’’ से सिनेमा भोजपुरी का परदा पर धमाल मचइहें.

आलोक कुमार के फिलिम ‘‘दूध का कर्ज’’ में स्मृति जुबली स्टार निरहुआ क नायिका बाड़ी, त ‘‘प्रतिज्ञा – 2’’, ‘‘लाल दुपट्टा मलमल का’’ आ ‘‘प्यार झूकता नहीं’’ में सुपरस्टार खेसारीलाल यादव के. ‘‘लाडली’’ में स्मृति के नायक बाड़न लोकगायक सुनील छैला बिहारी. एकरा अलावे अउरिओ अनेके फिलिम फ्लोर पर बाड़ी सँ स्मृति के.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।