ओबामा गद्दाफी के ललकारत गद्दी छोड़े के कहले

वाशिंगटन, 22 अगस्त (आईएएनएस). अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा अतवार का दिने कहले कि लीबियाई शासक मुअम्मार गद्दाफी के शासन खतम होखे जा रहल बा आ अब उनुका हमेशा ला सत्ता से हट जाये के चाहीं. ओने गद्दाफी कहले बाड़े कि ऊ हथियार ना छोड़ीहे आ त्रिपोली के बचइहे.

ओबामा व्हाइट हाउस से जारी एगो बयान में कहले, “आजु के रात गद्दाफी शासन के खिलाफ माहौल अपना चरम पर आ गइल बा. गद्दाफी शासन के खात्मा के संकेत मिलत बा.”

ओबामा का बयान तब आइल बा, जब विद्रोही त्रिपोली के कई इलाकन पर कब्जा कर लिहले बाड़े आ उनुका दू गो बेटन के अपना गिरफ्तारी में डाल दिहले बाड़े. बाकिर गद्दाफी के ठिकाना का बारे में अबही ले पता नइखे लागल. गद्दाफी अपना खून के आखिरी कतरा ले लड़ाई जारी राखे के किरिया खइले बाड़न.

टीवी चैनल ‘अल जजीरा’ बतवले बा कि, गद्दाफी त्रिपोलीए में बाड़े आ शहर के हिफाजत करीहे. हथियार डाले का बदले जीत हासिल करे के संकल्प लिहले बाड़े गद्दाफी.

ओबामा लीबिया के मुख्य विपक्षी दल, राष्ट्रीय अस्थायी परिषदो से कहले बाड़न कि ऊ नागरिकन के अधिकारन के इज्जत करे आ नागरिकन अउर संस्थानन के हिफाजत आ लोकतंत्र के स्थापना करत सत्ता परिवर्तन खातिर देश के जगावे.

लीबियाई विद्रोहियों के सैन्य प्रवक्ता अहमद बानी के कहना बा कि त्रिपोली के फ्राइडे मार्केट पर कब्जा हो गइल बा आ मितिगा हवाई पट्टी, सरकारी टीवी मुख्यालय अउर प्रसारण केंद्र समेत बाकी इलाकन पर कब्जा के लड़ाई जारी बा.

(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।