कंगना के फिलिम इमरजेन्सी चुनावन का बाद 14 जून 2024 के रिलीज होखी

screengrab from the video shown on youtube.com


भाजपा का टिकट पर लोकसभा चुनाव लड़त कंगना रानौत इंदिरा गाँधी का जीवन पर एगो फिलिम बनवले बाड़ी जवना के नाम रखले बाड़ी ‘इमरजेन्सी’. फिलिम त कब से बन के तईयार बा बाकिर पता ना कवना कारण से एकर रिलीज बतावल तारीख 24 नवम्बर 2023 का दिने ना कइल गइल. हो सकेला कि सही माहौल के इन्तजार होखत रहे. अब फेरू एक बेर एलान भइल बा कि ई फिलिम ‘इमरजेन्सी’ 14 जून 2024 के रिलीज कइल जाई. लोकसभा चुनाव के परिणाम 4 जून के आ जाई आ ओकरा दस दिन बाद एह फिलिम के रिलीज करे के योजना बनवले बाड़ी कंगना. शायद ओह दिन ऊ लोकसभा में भाजपा के सांसद बन चुकल होखिहें.

यूट्यूब पर मिलत जानकारी का मुताबिक एह फिलिम में कंगना रानौत, अनुपम खेर, श्रेयस तलपडे, महिमा चौधरी, मिलिन्द सोमन, विसाक नायर आ सतीश कौशिक मुख्य कलाकार बाड़ें.

मणिकर्णिका फिल्म्स आ जी स्टूडियोज के बैनर तर कंगना रानौत आ रेनू पिट्टी के बनावल एह फिलिम के कहानी खुद कंगने लिखले बाड़ी. उहे निर्देशन कइले बाड़ी आ उहे एकरा मुख्य पात्र इंदिरा गांधी के किरदारो निभवले बाड़ी. पटकथा संवाद रितेश शाह के लिखल ह आ संगीत संचित बल्हारा के रचल.

कंगना रनौत एह फिलिम के बनावे के मकसद आ पृष्ठभूमि का बारे में बतवले बाड़ी कि दिवंगत प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी खातिर उनुका मन में बहुते सम्मान बा बाकिर जब रउरा फिलिम बनावे चलेनी त बहुते कुछ धेयान में राखे के पड़ेला. कहले बाड़ी कि इमरजेन्सी का दौरान देश के संविधान का साथे जवन कुछ कइल गइल ओकरा कारकन पर धेयान देबे के चाहीं जवना से आगे दुबारा एह तरह के हालात मत पैदा होखे.कहले बाड़ी कि हर नेता के विश्वसनीयता, ओकरा मन में बसल सुरक्षा-असुरक्षा भा ताकत-कमजोरी सभपर विचार करे के पड़ेला जब ओकरा के केन्द्र में राखत कवनो फिलिम बनावे के होखे.

उमेद कइल जाव कि अबकी ई फिलिम अपना घोषित तारीख पर रिलीज हो जाई.चुनाव का बाद के रिलीज डेट एही से राखल गइल होखी कि केहू ई मत कहे कि चुनाव के प्रभावित करे के कोशिश बावे.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।