कउआ कान ले गइल सुनीं त पहिले आपन कान देखीं

आज हिन्दुस्तान में कोरोना के असर कम होखत देखि चाइनीज दलाल आ ओकर पोसुआ मीडिया भाँड़ अफवाह उड़ावे में लागल बाड़ें कि लॉकडाउन आगे बढ़ावल जाई. अइसनका लोगन के एके मकसद बा केहू तरह देश के संयम तूड़ल जाव आ कोरोना के पसरे लायक माहौल बनावल जाव.

चीन के दलाली करे में खुलेआम लागल कुछ पत्रकार अपना भोंपू साइट से हल्ला मचावत बाड़ें कि सरकार लॉकडाउन के अवधि बढ़ावे जा रहल बिया. जबकि केन्द्र सरकार का तरफ से साफ एलान क दीहल गइल बा कि अइसनका कुछ नइखे होखे जा रहल. लॉकडाउन के फायदा देखि चाइनीज कीड़ा बिलबिलाए लागल बाड़ें आ एह तरह के अफवाह पसारत बाड़ें.

जानेजोग इहो बा कि लॉकडाउन के फायदा लउके लागल बा आ देश में कोरोना के पसार अब मद्धिम पड़े लागल बा. बस एह लॉकडाउन के जिए-मरे के सवाल मान के कड़ाई से पालन करे के बा.

देशहित विरोधी मोदी सरकार से अतना नाराज बाड़ें कि ओह लोग के इहो शिकायत बा कि कोरोना से लड़े ला नया फंड काहे बनावल गइल बा. एह विरोध में कांग्रेस आ गुहा जइसन गुहाइन इतिहासकार के बयान सामने आ गइल बा.

देश के जनता से निहोरा बा कि गजवा ए हिन्द आ लालकिला प लाल निशान माँगे वाला लोगन से सावधान रहे. जस जस कोरोना से लड़ाई में भारत के जीत साफ होखे लागी तस तस ई देशद्रेही जमात के अउर बिसबिसाह चेहरा सामने आवे वाला बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।