"कजरा मोहब्बत वाला" के दुश्मन बनल अनिल यादव

हर कलाकार अपना कवनो खासियत खातिर हरदम चरचा में रहेला. एह कड़ी में रोबदार आवाज के धनी अभिनेता अनिल यादव के नामो शामिल हो गइल बा. अनिल हमेशा गिनले चुनल फिलिम करेले बाकिर सगरी हिट हो जाली सँ, चरचा के विषय बन जाली सँ. उनुकर पहिलके फिलिम सुपर डुपर हिट “मुन्ना बजरंगी” में उनुकर किरदार “डाकू बबुआ” के लोग आजुओ भुलाइल नइखे काहे कि ऊ शोले के गब्बर याद दिआवेला.

अनिल के हालिया रिलीज सुपर हिट फिल्म “खून-पसीना” में खूंखार ठाकुर बलदेव सिंह के किरदार दर्शक अभी भुलाइल नइखल तबले जल्दिये रिलीज होखे वाला “कजरा मोहब्बत वाला” में ऊ खलनायक के किरदार जियतार करे वाला ठाकुर अमर सिंह बनल बाड़न. एह फिल्म में खलनायकीए में उनुकर मुकाबला कुणाल सिंह से होखे वाला बा.

निर्माता हरीश जैसवाल आ प्रमोद शास्त्री के एह फिल्म में अनिल के अभिनय लाजवाब बावे. एकरा अलावे अनिल निर्माता मनोज चौधरी आ निर्देशक रवि भूषण के “डकैत” फिलिमो में दमदार खलनायकी करत बाड़े. साथही मशहूर निर्माता- निर्देशक रमाकांत प्रसाद के फिल्म “जानवर” के शूटिंग जल्दिये शुरू होखे वाली बा. अनिल मिथिला टाकीज़ के दू गो फिलिम “गुमराह” आ “कुर्बानी” ओ में आपन दमदार मौजूदगी देखावे वाला बाड़े. हैदर काजमी के “कालिया” फिलिमो में अनिल यादव के देखल जाई.


(अपना न्यूज के रपट से)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।