– संगीत सुभाष
बदरी आवऽ हमरी नगरी, नजरी डगरी ताकति बा।
सूखल पनघट, पोखर, कुइयाँ
असरा गिरल चिताने भुइयाँ
छलके नाहीं जल से गगरी, नजरी डगरी ताकति बा।
बूढ़ लगे सब बिरिछ पात बिन
ठठरी सेवे दिनवाँ गिन-गिन
अइतू फिनु बन्हि जाइत पगरी, नजरी डगरी ताकति बा।
धरती के कोरा अँचरा में
डालि खोंइछ बइठा पँजरा में
भरितू मांग पिन्हइतू मुनरी, नजरी डगरी ताकति बा।
छमछम छागल आजु बजावत
पुरुआ के संग नाचत गावत
आवऽ, तनि जा हरिअर चदरी, नजरी डगरी ताकति बा।
संगीत सुभाष सुभाष पाण्डेयजी के कविनाम ह. उनुकर रचल एह कजरी के डॉ कमलेश उपाध्याय हरिपुरी का आवाज आ उनुके बनावल संगीत में सुनीं. एकरा के क्रिस इन्टरटेनमेंट प्रस्तुत कइले बा –

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।