कटिहार पटना राजरानी एक्सप्रेस दर्जनो लोग के काटत बढ़ गइल

एगो दर्दनाक हादसा में आजु सबेरे सहरसा का लगे धमारा घाट टीसन का लगे कटिहार से पटना जात राजरानी एक्सप्रेस रेल लाइन पार करत श्रद्धालुअन के काटत आगा बढ़ गइल. एह हादसा में नाहियो त दू दर्जन श्रद्धालुअन के मौत हो गइल आ कई दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. ई लोग सावन के आखिरी सोमारी के कात्यायिनी मंदिर पूजा करे जात रहुवे भा ओहिजा से लवटत रहुवे.

ई श्रद्धालु काँवरिया जब टीसन पर खड़ा ट्रेन से उतरे भा चढ़े खातिर रेललाइन पार करत रहुवे तबहिए बिचलका लाइन पर राजरानी के थ्रू पास दे दिहल गइल.

घटना का बाद खिसियाइल लोग जम के बवाल काटल. ट्रेन के एगो बोगी में आग लगा दिहल गइल बा आ टीसन पर मौजूद रेल कर्मचारियन के बन्हक बना लिहले बावे. अबही ले बचाव ट्रेन नइखे चहुँपल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।