कथाकार-कवि कृष्णानंद कृष्ण जी के निधन

देरी से मिलल खबर आइल बा कि भोजपुरी के प्रतिष्ठित कथाकार-कवि कृष्णानंद कृष्ण जी अब हमनी का बीच ना रहलीं. उहाँके निधन तीन दिन पहिले मंगल का दिने बंगलौर में हो गइल. ई खबर डॉ सतीशराज पुष्करणा जी से वरिष्ठ साहित्यकार भगवती प्रसाद द्विवेदी जी के मीलल आ उहाँ से रामरक्षा मिश्र विमल जी के. विमल जी से खबर मिलला का बाद एहिजा दीहल जा रहल बा.

कृष्णानंद कृष्ण जी के लेखन भोजपुरी का सङहीं हिन्दीओ में निरंतर चलत रहे. उहाँका लंबा समय ले ‘पुनः’ पत्रिका के संपादनो कइले रहीं.

कृष्णानंद कृष्ण जी के जनम बिहार के भोजपुर जिला के चाँदी (नरही चाँदी) गाँव में 2 जुलाई, 1947 के भइल रहे.

भगवती प्रसाद द्विवेदी, रामरक्षा मिश्र विमल, ब्रजभूषण मिश्र आ अशोक द्विवेदी आदि भोजपुरी साहित्यकार आपन शोक संवेदना प्रकट करत श्रद्धांजलि दिहलें बानी.

अँजोरिया एह कथाकार कवि के आपन श्रद्धांजलि देत बिया.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।