‘कब जागोगे’ के दुसरका शेड्यूल शुरू

पूनम प्रोडक्शन इंटरटेंमेंट के भोजपुरी फिल्म ‘कब जागोगे’ के दुसरका शूटिंग शेड्यूल जौनपुर (उत्तर प्रदेश) आ पड़ोसी इलाका में पन्द्रह दिन खातिर 2 नवम्बर से शुरु हो गइल बा. निर्माता आर.के. निषाद आ निर्देशक अनिल लहरी, लेखक सागर अंजाना, गीतकार जिग्नेश भ्रमर आ गुड्डू लहरी, संगीतकार गणेश पांडेय आ घुंघरू, आ कैमरामैन हीरा सरोज हउवन.

राजनीति के भंवरजाल के पर्दाफाश करे वाली उद्देश्यपूर्ण फिल्म ‘कब जागोगे’ नवहियन के नया राह देखावत बिया. कइसे कवनो नवही आजु का घटिया राजनीति के शिकार बनि के अपना राह से भटक जाला आ हमनी का तमाशबीन कक तरह देखते रह जाइलें.

एह प्रेरक फिल्म के मुख्य कलाकार हउवें – सुजीत कपूर, सागर अंजाना, रश्मि श्रीवास्तव, अजय शानू, अमित लाल यादव, पप्पू यादव, सत्य प्रकाश दुबे, टी.एन. विश्वकर्मा, प्राची कुंदन आ बीरबल.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।