कभी आवे ना जुदाई रिलीज भइल

९ सितम्बर के महिला फिल्म निर्मात्री प्रिया भट्टाचार्य के फिल्म “कभी आवे ना जुदाई” बिहार में रिलीज कर दिहल गइल. प्रिया भोजपुरी में साफ सुथर फिलिम बनावे का इरादा से निर्माण का क्षेत्र में उतरल बाड़ी. प्रिया के कहना बा कि उनुकर फिलिम “कभी आवे ना जुदाई” भोजपुरी के सबले बढ़िया फिलिमन में गिनल जाई.

फिल्म के निर्देशन एफ आई टी पूणे से विधिवत ट्रेनिंग ले के आइल विवेक राव कइले बाड़न. फिल्म के खास कलाकारन में रोमंटिक स्टार पंकज केसरी, प्रियंका पाठक, सेजल शाह, रजा मुराद, इशरत अली, आ विनय बिहारी के नाम शामिल बा. एकरा गीत संगीत के सभे सराहत बा.

प्रेम त्रिकोण वाली फिलिम परदा पर दर्शकन के मनोरंजन देबे में सफल रही, इहे उम्मीद बा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..