कमांडर आ पिकप आपस में लड़ली दूनो पलटलीं

दुबहर, बलिया। दुबहर थाना क्षेत्र में विशुनपुर ढाला एगो कमणंडर जी में एगो पिकअप तेजी से आइ के धक्का मार दीहलसि जेवना से दूनों पलटि गवी स। जीप के चालक खेदन अपना जीप के विशुनपुर ढाला पर खड़ा क के चाय पीअत रहुए एतने में बैरिया के ओर से पिकअप तेजी से आ के धक्का मारत जीपवा के लेले देले बंधा के नीचे चलि गउए। उहावां के लोगो पिकअप के चालक आ खलासी के केहूतरे निकलुए लो उन्हन के थेर बहुत घाव लागल रहुए बाकी सड़कि पर आवते उ दूनो भागि गउवन स। संयोगे रहुए कि कमाण्डर में केहू बइठल ना रहुए।

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *