’कयामत से कयामत तक’ करे से रानी चटर्जी मना कर दिहले रही – सलीम

salim-ansariअमीना मूवी क्रिएशन के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ’कयामत से कयामत तक’ के प्रचार प्रसार जोर शोर से चलत बा. नवही पीढ़ी पर बनावल एह संगीतप्रधान रोमांटिक फिलिम के गाना बिहार आ यू पी के शहरन में अपना लोकप्रियता के झंडा गाड़ दिहले बाड़ी सँ. उदित नारायण, कुमार शानू, अभिजीत भट्टाचार्या, रेखा राव, खुश्बु जैन जइसन दिग्गज गायकन के सुरीला आवाज से सजल एह फिलिम के सगरी गाना सुनेवालन के कान से होत दिलो दिमाग पर चढ़ गइल बाड़ी सँ. एह फिलिम के देखे खातिर दर्शक बेसब्री से तिकवत बाड़ें. फिलिम के नमवो त इहे बा “इंतजार करब कयामत से कयामत तक”.

एह फिलिम में दू गो नायिका आ एगो नायक के कहानी बा. फिलिम के किरदार चुने ला निर्माता, निर्देशक आ अभिनेता सलीम अंसारी अभिनेत्री रानी चटर्जी के जब मीरा के किरदार करे के ऑफर कइले रहले त रानी ई कहके मना कर दिहले रही कि एह रोमाटिंक फिलिम के हीरो किशन (सलीम अंसारी) बहुते नौजवान लउकेले आ उनुका संगे हमर जोड़ी जमी ना. बेहतर होई कि केहू दोसरा के ले लिहल जाव जिनका संग हमार जोड़ी जमे. तब सलीम अंसारी मीरा के एह किरदार ला एगो नया कलाकार पुष्पा देवी के चुन लिहले आ ऊ आपन किरदार बढ़िया से कर देखवले बाड़ी. शूटिंग घरी पुष्पा के पति आ बच्चा उनकर मेहनत आ लगन देख बहुते खुश आ उत्साहित रहले. राधा के किरदार में माधुरी मिश्रा के लिहल गइल जे के वी एम में +2 के विद्यार्थी हई आ एह फिलिम के सह निर्मतो.

फिलिम के खासमखास कलाकारन में सलीम अंसारी, माधुरी मिश्रा, पुष्पा देवी, राजा मुराद, किरण कुमार, अली खान, दिपक भाटिया वगैरह बाड़े. गीतकार हउवें लीम अंसारी आ प्रभात मिश्रा, संगीतकार रविन्द्र खरे आ सुमित त्रिपाठी.

एह फिलिम के अगिला वेलेनटाइन डे का मौका पर सरस्वती पूजा के दिन, १५ फरवरी शुक, के रिलीज कइल जाई.


(दिनेश यादव)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..