करण खान के फिलिम ’लैला माल बा छैला धमाल बा’ रिलीज भइल

karan-khanशूभ फिल्मस् के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ’लैला माल बा छैला धमाल बाऽ’ के हालही में मुंबई में धूम धाम से रिलीज कइल गइल. छत्तीसगंढ के सुपर स्टार करण खान के ई पहिलका भोजपुरी फिलिम ह जवना के मुंबई में रिलीज कइल गइल बा. करण अबहीं ले पचीस गो छत्तीसगढी फिलिमन में अपान अभिनय के जलवा देखा चुकल बाड़ें.

करण खान के कहना बा कि तमन्ना रहल भोजपुरी फिलिम में अभिनय करे के. बतवलन कि जब फिलिम के प्रचार ला मुंबई के सिनेमाघरन में गइलें त भोजपुरी दर्शक बहुते सरहलें. एह लोग के हम आभारी बानी जे एतना प्यार दुलार दिहल.

एह फिलिम के निर्माता रॉकी दासवानी, निर्देशक सतीश जैन, गीतकार कुबेर-परीहार, संगीतकार सुनिल सोनी, लेखक सतीश जैन, छायाकंन करेवाला तोरण राजपूत, फाइटमास्टर कुडूतूरू बाबू, नृत्य गुरू निशांत उपाध्याय आ दिलीप बैरा, आ एडीटर स्वप्निल स्टूडियो ह.

एकर खास कलाकार बाड़ें करण खान, शिखा चिताम्बर, आशीष रोन्द्रे, संजय महानंद, हेम लाल, आ आईटम गर्ल सीमा सिंह.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।