‘करेला कमाल धरती के लाल’ के शूटिंग पूरा हो गइल

Akshara-UdayShankarप्रसाद फिल्म इंटरप्राइजेज के बैनर में बनत फिलिम ‘करेला कमाल धरती के लाल’ के शूटिंग एके शेड्यूल में पूरा कर लिहल गइल. एकर निर्माता डा. यू.एस. प्रसाद आ लेखक-निर्देशक कुमार विकल हउवें. बतावल जात बा कि फिलिम एगो साँच घटना पर बनावल गइल बा.

एहमें पवन सिंह नया तेवर आ जोश में लउकीहें त नायिका अक्षरा सिंह लेडी गैंगेस्टर के भूमिका में. एह लोग के अलावे एहमें मोनालिसा, सचित कुमार, अंजना सिंह, बृजेश त्रिपाठी, समर्थ चतुर्वेदी, आनंद मोहन, शकीला मजीद, पूजा राय, के.के. गोस्वामी आ उदय शंकर नजर अइहें. फिलिम के पूरा कहानी एगो बुद्धिष्ट का चारो ओर घूमत बा. एह बुद्धिष्ट के किरदार उदय शंकर कइले बाड़न.

संगीतकार राजेश गुप्ता, गीतकार विनय बिहारी, कोरियोग्राफर कानू मुखर्जी अउर रिकी गुप्ता, एक्शन दिलीप यादव, आर्ट संजीव राणे आ कैमरामैन प्रमोद पाण्डे हउवें.


(समरजीत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..