‘करेला कमाल धरती के लाल’ के शूटिंग पूरा हो गइल

Akshara-UdayShankarप्रसाद फिल्म इंटरप्राइजेज के बैनर में बनत फिलिम ‘करेला कमाल धरती के लाल’ के शूटिंग एके शेड्यूल में पूरा कर लिहल गइल. एकर निर्माता डा. यू.एस. प्रसाद आ लेखक-निर्देशक कुमार विकल हउवें. बतावल जात बा कि फिलिम एगो साँच घटना पर बनावल गइल बा.

एहमें पवन सिंह नया तेवर आ जोश में लउकीहें त नायिका अक्षरा सिंह लेडी गैंगेस्टर के भूमिका में. एह लोग के अलावे एहमें मोनालिसा, सचित कुमार, अंजना सिंह, बृजेश त्रिपाठी, समर्थ चतुर्वेदी, आनंद मोहन, शकीला मजीद, पूजा राय, के.के. गोस्वामी आ उदय शंकर नजर अइहें. फिलिम के पूरा कहानी एगो बुद्धिष्ट का चारो ओर घूमत बा. एह बुद्धिष्ट के किरदार उदय शंकर कइले बाड़न.

संगीतकार राजेश गुप्ता, गीतकार विनय बिहारी, कोरियोग्राफर कानू मुखर्जी अउर रिकी गुप्ता, एक्शन दिलीप यादव, आर्ट संजीव राणे आ कैमरामैन प्रमोद पाण्डे हउवें.


(समरजीत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।