करे केहू भरे केहू : बलिया के बवाल में दू जने घवाहिल

Crime-at-Ballia1
धरना पर बइठल बलिया नगरपालिका अध्यक्ष साधना गुप्ता के प्रतिनिधि लक्ष्मण गुप्ता के पुुलिस धरनास्थल से जबरिया उठा ले गइल आ हिरासत में ले लिहलसि काहें कि ऊ नगर विधायक आ कैबिनेट मंत्री नारद राय से पंगा ले लिहले बाड़न. एकरा बाद आजु बुध का दिने बलिया बंद के गोहार लगावत लोग बाजार बंद करावे चलल त मालगोदाम चौराहा पर एगो मोबाइल दुकान के मालिक आ बेटन से झगड़ा हो गइल. ऊ लोग आपन दुकान बंद करे ला तइयार ना रहुवे आ लोग जे रहुवे कि चाहत रहे कि दुकान बंद हो जाव. बाताबाती का बीच दुकानदार नवही आपन रिवाल्वर निकाल लिहलसि आ फायर झोंक दिहलसि. गोली चलला का बाद लोग भाग चलल बाकिर शहर में तनाव जरूर पसर गइल.

दुनू घवाहिल लोग के हालत खराब देख के जिला अस्पताल से वाराणसी रेफर कर दीहल गइल जहाँ एक आदमी के मौत हो जाए के खबर सुने में आवत बा.
Crime-at-Ballia2
बलिया के एह बवाल के शुरुआत भइल नगरपालिका के टेंडर ले के. कुछ लोग चाहत रहुवे कि टेंडर उनुके मिले आ नगरपालिका चलावत लोग दीहल ना चाहत रहे. एकरा बाद बाताबाती आ मारामारी हो गइल जवना में लक्ष्मण गुप्ता के पिटाई हो गइल. बवाल का खिलाफ लक्ष्मण गुप्ता धरना पर बइठलन त अशांति मसरे का अनेसा में मंगल का दिने पुलिस उनुका के उठा ले गइल आ हिरासत में ले लिहलसि. ओह दिन साँझ बेरा लक्ष्मण गुप्ता के तबियत अचानक खराब हो गइल आ उनुका के जिला अस्पताल में भरती करा दीहल गइल. आजु बुध का दिने व्यापारी इज्जत के नाम पर बलिया बंद के एलान हो गइल आ ओही बंद करावे का चक्कर में गोलीबारी हो गइल. दुनू तरफ सपा के लोग होखला का चलते पुलिस प्रशासन के अलगे फजीहत बा बाकिर कैबिनेट मंत्री नारद राय भारी पड़ गइल बाड़न.

देखल जाव कि एह बवाल के अंत कइसे होखत बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।