कर्नाटक के मुख्यमंत्री येदियुरप्पा के इस्तीफा देबे के निर्देश

भ्रष्टाचार का आरोप मे घेराइल कर्नाटक के मुख्यमंत्री येदियुरप्पा के भाजपा के केन्द्रीय समिति का तरफ से साफ निर्देश दे दिहल गइल बा कि ऊ मुख्यमंत्री के कुर्सी छोड़ देसु. बाकिर छिरियाइल मुख्यमंत्री माने के तईयार नइखन आ आजु अपना समर्थक विधायकन के बईठका करवावे जा रहल बाड़न. भाजपा के केन्द्रीय समिति इहो कह दिहले बिया कि जवने विधायक ओह बईठका में शामिल होखीहें उनुका पर पार्टी एक्शन लीहि. संसद के सत्र शुरु होखे वाला बा आ अइसनका समय में भाजपा एगो भ्रष्टाचार आरोपी मुख्यमंत्री के अपना पाला में रखला के जोखिम ना ले सके.

कर्नाटक के लोकपाल संतोष हेगडे अपना रिपोर्ट में मुख्यमंत्री आ उनुका परिवार वालन पर भ्रष्टाचार में शामिल रहे के दोषी पवले बाड़न आ ओह लोग पर कानूनी कार्रवाई करे के निर्देश दिहले बाड़न. भाजपा अब अगर येदियुरप्पा के नइखे हटावत त ओकरा साख पर बड़हन बट्टा लाग जाई आ सरकार त जइबे करी काहे कि तब केन्द्र सरकार अपना राज्यपाल का सहारे ओहिजा राष्ट्रपति शासन तक लगा सकेले.

भाजपा अपना पूर्व अध्यक्ष राजनाथ सिंह आ वेंकटैयानायडू के काल्हु शुक का दिने बैंगलूर भेज रहल बिया जहाँ ऊ लोग विधायक दल के दोसर नेता के चुनाव के पर्यवेक्षण करी.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..