कर्नाटक के लड़ाई कामदार आ नामदार का बीच बतवलन मोदी

सेंथेमाराहल्ली, कामराजनगर कर्नाटक 01 मई (वार्ता). प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु कांग्रेस पर वंशवाद के राजनीति करे आ देश के गुमराह करे के आरोप लगावत कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी के चुनौती दिहलन कि ऊ बिना पढ़ले 15 मिनट बोल के देखा देसु.
राहुल गांधी पर जमके कडे़र हमला बोलत पीएम मोदी कहलन कि ऊ नामदार हउवन आ उनुका मोदी जइसन कामदारन के मेहनत पर भरोसा नइखे. कहलन कि राहुल वंशवादी राजनीति से आके नया नया कांग्रेस अध्यक्ष बनल बाड़ें आ एहीसे अध्यक्ष बनला का उछाह में ऊ मर्यादा तूड़त बाड़न.
पीएम मोदी आजु दक्षिण कर्नाटक के कामराजनगर में विशाल चुनावी सभा को संबोधित करत कर्नाटक के जनता से कांग्रेस के हटाके भारतीय जनता पार्टी के राज्य के सत्ता सउँपे के गोहार लगवलन आ वादा कइलन कि भाजपा कर्नाटक में सभो के सुशासन दी आ भ्रष्टाचार से मुक्ति दिलवाई.
कांग्रेस पर भ्रष्टाचार करे आ देश के गुमराह करे के आरोप लगावत मोदी याद करवलन कि एह घरी के कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गांधी के दिशा निर्देश में तब के प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह वादा कइले रहलें कि साल 2009 ले हर गांव में बिजली पहुंचा दीहें बाकिर ई काम ऊ 2014 ले पूरा ना कर पवलें आ अब जाके भाजपा सरकार एही 28 अप्रैल के पूरा कर देखवलसि. ऊ एकरा के कांग्रेस का गुमराह करे वाला वादा बतवलें आ पूछलें कि कांग्रेस सरकार एह काम के काहे पूरा ना कइलसि.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।